राजद के चुनावी नईया 'बैड एलिमेंट' के बिना पारो ना होई: नीरज कुमार
- टीबीएच न्यूज़ |

बिहार में लोकसभा चुनाव खाती चुनाव प्रचार ज़ोर शोर प चलता। छठवां चरण के चुनाव में 12 मई के मतदान होखे वाला। एकरा खाती महागठबंधन अवुरी एनडीए के नेता आपन समूचा ताकत झोंक देले बाड़े। छठवां चरण के चुनाव प्रचार में सभके नजर वैशाली सीट से पूर्व केंद्रीय मंत्री अवुरी राजद नेता रघुवंश प्रसाद सिंह प टिकल बा। वैशाली में रघुवंश प्रसाद के मुकाबला लोजपा के वीणा देवी से होखता।
राजद नेता तेजस्वी यादव के 'बैड एलिमेंट' आ मोकामा से निर्दलीय विधायक अनंत सिंह गुरुवार के राजद खाती वैशाली पहुंच के वोट मंगीहे। उ वैशाली में राजद उम्मीदवार रघुवंश प्रसाद सिंह खाती गुरुवार के रोड शो करीहे।
अनंत सिंह के रोड शो प जदयू नेता आ पार्टी प्रवक्ता नीरज कुमार ताना मारत कहले कि 'मोकामा के राजनीति के पुदीना सिंह आज वैशाली में रोड शो करे जातारे। राजद के चुनावी नईया अयीसना 'बैड एलिमेंट' के बिना पारो ना होई। राजद के जेल के सेल में बंद कुख्यात अपराधी के समर्थनपत्र भी ले लेवे के चाही। संगही, उ तेजस्वी यादव के सोझा सवाल उठावत कहले कि 'शहाबुद्दीन, राजबल्लभ के त समर्थनपत्र ले लिहल न?'
नीरज कुमार आपन अगिला ट्वीट में कहले कि, अवैध संपत्ति के दोकान बंद होखे के डर से 'बैड एलिमेंट' भी 'गुड़ इलेमेंट' हो गईल। तेजस्वी के पार्टी राजद के पक्ष में राजनीति के पुदीना सिंह वैशाली में वोट मंगीहे! संगही, उ कहले कि फेरु से ओ दौर में बिहार के लोग ना जाए दिहे। सत्ता खाती राजद अतना गिर गईल। शर्म कर बबुआ!
मालूम रहे कि राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव से मिले खाती दिसंबर में रांची पहुंचल तेजस्वी यादव से अनंत सिंह के महागठबंधन में शामिल होखे के बात पूछे जाए प उ कहले रहले कि 'बैड एलिमेंट' खाती महागठबंधन में कवनो जगह नईखे।
राजद के ओर से अनंत सिंह के बैड एलिमेंट करार देला के बाद उनुकर (अनंत सिंह) पत्नी नीलम देवी के कांग्रेस मुंगेर से उम्मीदवार बनवले रहे। तेजस्वी तब अनंत सिंह के पत्नी के चुनाव प्रचार में मुंगेर के अलग-अलग इलाका में लगातार तीन जनसभा कईले रहले। अब अनंत सिंह राजद उम्मीदवार रघुवंश प्रसाद सिंह खाती रोड शो करे जातारे। काहेंकि वैशाली में भूमिहार मतदाता के संख्या बहुते बा अवुरी राजद के भरोसा बा कि अनंत सिंह उहां के भूमिहार मतदाता के उनुका पाला में करे में मददगार साबित होंईहे।
First Update: 09 May, 2019 01:55 PM