बिहार में यात्री से भरल बस गड़हा में गिरल, 6 लोग के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में सोमवार के सबेरे सड़क दुर्घटना में छव लोग के मौत हो गईल। ए दुर्घटना में दु दर्जन से अधिका लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज खाती सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घटना के सूचना मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके मामला के छानबीन में जुट गईल।

मिलल जानकारी के मुताबिक बिहार के सीवान जिला में सोमवार के सबेरे यात्री से भरल बस बेकाबू होके पलट गईल। बतावल जाता कि यात्री बस गोपालगंज से सीवान आवत रहे। ए बीच अमलोरी थाना क्षेत्र के बीएड कॉलेज के भीरी बस अचानक बेकाबू होके गड़हा में पलट गईल।

ए दुर्घटना में चार लोग के जगहे प मौत हो गईल जबकि दु लोग के अस्पताल में इलाज के दौरान मौत हो गईल। ए दुर्घटना में घाही यात्री के इलाज खाती सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

मामला के जानकारी मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके मामला के छानबीन में जुट गईल। एसपी नवीन चंद्र झा बतवले कि अभी मरेवाला यात्री के पहचान नईखे होखे सकल।

  • Share on:
Loading...