बहीन के तिलक चढ़ा के आवत भाई के गोली मार के हत्या, एक के हालत गंभीर

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बेखौफ अपराधी दु भाई के गोली मार देले। गोली लागे से एक भाई के जगहे प मौत हो गईल जबकि दूसरा भाई गंभीर रूप से घाही हो गईल। जेकरा के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, बेगूसराय जिला के लाखो थाना क्षेत्र के फतेहपुर निवासी चंदन राय के बेटी के तिलक समारोह से घरे आवत दु भाई के अपराधी खगड़िया जिला के भरतखंड अवुरी नवगछिया के बीच गोली मार देले। गोलीबारी के ए घटना में एक भाई के जगहे प मौत हो गईल जबकि दूसरा अस्पताल में जिंदगी अवुरी मौत के बीच जूझता।

खबर के मुताबिक, स्कूटी सवार अपराधी लूट-पाट के नियत से मोटरसाइकिल सवार दुनो भाई के गोली मार देले अवुरी मोटरसाइकिल लेके फरार हो गईले। गोली लागे से लईकी के भाई चंदन राय के जगहे प मौत हो गईल अवुरी चचेरा भाई शंभू राय गंभीर रूप से घाही हो गईले।

बतावल जाता कि तिलक में गईल बाकी लोग भी पीछे से गाड़ी से आवत रहले। गोली के आवाज सुन के जगहा प पहुंचल लोग दुनो के अस्पताल ले गईले जहां डॉक्टर चंदन राय के मरल बता देले अवुरी शंभू राय के गंभीर हालत के देखत बेगूसराय रेफर क देले।

घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मामला के छानबीन करत अपराधी के पता लगावे के कोशिश में जुटल बिया। ए घटना से परिवार में खुशी के माहौल गम में बदल गईल। फिलहाल अपराधी के पता नईखे चले पावल।

  • Share on:
Loading...