लालू के चिट्ठी से बिहार के राजनीति गरमाईल, नीतीश मिसाइल के जमाना में तीर-तीर करतारे!

लालू के चिट्ठी से बिहार के राजनीति गरमाईल, नीतीश मिसाइल के जमाना में तीर-तीर करतारे!

बिहार में लोकसभा चुनाव 2019 के छठवां चरण के चुनाव हो चुकल बा। सातवां चरण के चुनाव खाती 19 मई के वोट डालल जाई। ए दौरान नेता लोग के ओर से बयानबाजी अवुरी आरोप-प्रत्‍यारोप के संगही खुला तौर प चिठ्ठी लिखल जाता। सोमवार के राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत फेसबुक अवुरी ट्विटर के माध्यम से खुला चिट्ठी लिखले। लालू यादव चिट्ठी में बिहार के लोग सचेत करत नीतीश कुमार के जनता के पीठ में छुरा घोंपे वाला अवुरी जदयू के चुनाव चिह्न 'तीर' के घातक हथियार बतवले। लालू के ए चिट्ठी से स्वाभाविक बा कि बिहार में सियासी गरमी बढ़ जाई।

लालू प्रसाद यादव अपना चिट्ठी में नीतीश कुमार प जम के निशाना सधले। उ नीतीश कुमार खाती 'छोट भाई' लिखत कहले 'छोट भाई तोहरा आजकल उजाला से कुछ जादे नफरत हो गईल बा। दिन भर लालू अवुरी लालटेन के जाप करत रहतार। तोहरा मालूम बा कि ना लालटेन प्रकाश अवुरी रोशनी के पर्याय ह। हम लालटेन के प्रकाश से गैरबराबरी, नफरत, अत्याचार अवुरी अन्याय के अन्हरिया दूर भगवनी। लेकिन, तोहार तीर मार-काट अवुरी हिंसा के पर्याय अवुरी प्रतीक ह।'

ललू चिट्ठी में आगे लिखले कि जनता के लालटेन के जरूरत हर हालात में होखेला। बल्ब के रोशनी से बेरोजगारी, उत्पीड़न, घृणा, अत्याचार, अन्याय अवुरी असमानता के अन्हरिया नईखे हटावल जा सकत। एकरा खाती मोहब्बत के संगे खुला दिल अवुरी दिमाग से दिया जरावे के पड़ेला। समानता, शांति, प्रेम अवुरी न्याय दिआवे खाती खुद के दिया अवुरी बाती बने के पड़ेला।

नीतीश कुमार के संबोधित करत लालू लिखले कि, 'तु का जनब ए सब वैचारिक अवुरी सैद्धांतिक उसूल के। डेरा के शॉर्टकट ढूंढल अवुरी मौका देख के समझौता कईल तोहार बहुत पुरान आदत रहल बा।'

लालू यादव अपना चिट्ठी में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प ताना मारत कहले, 'तु कहां मिसाइल के जमाना में तीर-तीर करत रहतार? तीर के जमाना अब लद गईल। तीर अब संग्रहालय में ही देखाई दिही। लालटेन त हरेक जगह जरत देखाई दिही अवुरी पहले से अधिका जरत मिली, काहेकि 11 करोड़ गरीब जनता के पीठ में तु विश्वासघाती तीर असही घोंपले बाड़। बाकी तु अब कीचड़ वाला फूल में तीर घोंप चाहे छुपाव। तोहार मर्जी।'

लालू प्रसाद यादव के चिट्ठी लिखला के बाद बिहार में राजनीति गरमा गईल। जदयू प्रवक्‍ता संजय सिंह एकरा प प्रतिक्रिया देत कहले कि लालू यादव के जेल से चिट्ठी लिखल जेल मैन्‍युअल के खुला उल्‍लंघन बा। कोर्ट आ सरकार के एकर जांच करावे के चाही। जदयू के नीरज कुमार राजद प्रमुख लालू यादव के चिट्ठी के जवाब में चिट्ठी जारी क पलटवार कईले।

लालू यादव के चिट्ठी प नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि नीतीश कुमार के सोझा आके एकर जवाब देवे के चाही। राजद के शिवानंद तिवारी कहले कि लालू यादव जेल में रह के भी नीतीश कुमार आ राजग के सोझा मजबूत दीवार बन गईल बाड़े। ए चलते उ लोग परेशान बाड़े।

जदयू के प्रतिक्रिया प कांग्रेस प्रवक्‍ता प्रमचंद मिश्र कहले कि लालू यादव के माध्‍यम से पार्टी आपन संदेश जारी कईले बिया। एकरा में कानून के उल्‍लंघन कहां बा? जदी जदयू के अयीसन लागता कि लालू यादव कवनो कानून के उल्‍लंघन करतारे त राजग के झारखंड सरकार ओकर जांच करा सकतिया।

  • Share on:
Loading...