नीतीश के हाल कालीदास जईसन हो गईल बा, जवना डाल प बईठल बाड़न ओकरे के काटतारन

नीतीश के हाल कालीदास जईसन हो गईल बा, जवना डाल प बईठल बाड़न ओकरे के काटतारन

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के पत्नी राबड़ी देवी मंगलवार के ट्वीट क बिहार के मुख्यमंत्री सह जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार प जोरदार निशाना साधत कहली कि नीतीश के पिछड़ा वर्ग, अतिपिछड़ा अवुरी दलित वर्ग मिल के आगे बढ़वलस। ओही वर्ग के आपन निजी हित में ओकरा के आरक्षण से बेदखल करे में लागल बाड़न।

राबड़ी देवी मंगलवार के कईल अपना ट्वीट में कहली कि, नीतीश के हाल कालीदास जईसन हो गईल बा। उ जवना डाल प बईठल बाड़न ओकरे के काटतारन। नीतीश के पिछड़ा वर्ग, अतिपिछड़ा अवुरी दलित वर्ग मिल के आगे बढ़वलस। ओही वर्ग के आपन निजी हित में ओकरा के आरक्षण से बेदखल करे में लागल बाड़न। मोदी संगे मिल के इ आरक्षण अवुरी नौकरी खतम करे में लागल बाडन।

राबड़ी देवी अगिला ट्वीट में कहली कि, कुर्सी कुमार नीतीश अवुरी जुमलेबाज मोदी से होशियार रहे के जरूरत बा। संविधान अवुरी आरक्षण बचावे के खातिर एह जंग में तेजस्वी के हाथ मजबूत करी सभे। "हम वचन दे तानी कि तेजस्वी राउर नौकरी-आरक्षण खतम ना होखे दिहन।"

एकरा से पहिले सोमवार के पटना साहिब सीट से भाजपा प्रत्याशी रविशंकर प्रसाद खाती वोट मांगे पटना साहिब पहुंचल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजद अवुरी लालू प्रसाद यादव प निशाना सधले। उ कहले कि राजद के लोग हमरा प आरोप लगावतारे कि हम लालू यादव के फंसवले बानी। हम इ साफ क दिहल चाहतानी कि लालू के कानून सजा देले बिया। उ अपना कर्म आ कुकर्म के फल भोगतारे। अब उ ए ताक में बाड़े कि जेल से बहरी निकल के एक बेर फेरु से राज्य में आपन जंगलराज कायम क लिहि। लेकिन अब लालू आ राजद के लोग चाहे कुछूओ क लेस, उ जेल से बहरी नईखन निकले वाला।

नीतीश कुमार आगे कहले कि बिहार प 15 साल तक लालू यादव राज कईले। जब खुद जेल गईले त अपना पत्नी(राबड़ी देवी) के राज्य के मुखयमंत्री बना देले। का बिहार में चाहे राजद में दोसर केहु यादव ना रहे कि अपना परिवार के गद्दी थमा गईले। मुख्यमंत्री कहले कि हम जनता के भरोसा दियावल चाहतानी कि बिहार में क़ानून के राज रहे अवुरी आगहु रही। एकरा से कवनो तरह के समझौता ना होई।

  • Share on:
Loading...