चाचा जी, भाजपाई से अतनो मत डेराई, नाही त लोग कहिहे, एगो बिहारी मुख्यमंत्री बाहरी से डेरा गईल

चाचा जी, भाजपाई से अतनो मत डेराई, नाही त लोग कहिहे, एगो बिहारी मुख्यमंत्री बाहरी से डेरा गईल

राष्ट्रीय जनता दल(राजद) के नेता आ लालू प्रसाद यादव के छोट बेटा तेजस्वी यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनुकर पार्टी जनता दल यूनाइटेड (जदयू) प निशाना सधले। उ कहले कि नीतीश चाचा जी आख़िरी चरण के आख़िरी दिन त कम से कम आपन घोषणा पत्र जारी क दिही।

तेजस्वी यादव गुरुवार के एगो ट्वीट में कहले कि, "आदरणीय नीतीश चाचा जी आखिरी चरण के आखिरी दिन त कम से कम आपन घोषणा पत्र जारी क दिही। भाजपाई सब से अतनो मत डेराई। नाही त लोग कहिहे, एगो बिहारी मुख्यमंत्री बाहरी से डेरा गईल।''

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव अगिला ट्वीट में नीतीश कुमार के स्वाभिमान प सवाल खड़ा करत कहले कि, "सिद्धांत, नीति, नियत, नियम, नैतिकता अवुरी स्वतंत्र विचार कुछूओ बाचल बा कि ना? चाचा जी, रउआ कवन हाल बना लेले बानी?"

उहें, लालू प्रसाद यादव गुरुवार के सबेरे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प हमला बोलले। लालू यादव ट्वीट में कहले कि महागिरावटी दोसरा के महामिलावटी बोलतारे।

एकरा से पहिले बुधवार के राजद सुप्रीमो लालू यादव बिहारवासी के नाम से एगो संदेश लिखले रहले। जवना में उ कहले रहले कि ए महत्वपूर्ण चुनाव में झूठ के विक्रेता, पाखंड के उस्ताद, वादा के ठग, दावा के बाजीगर के ओर से झूठ के फ़्री, अविश्सनीय अवुरी अविश्वासी दौर में बड़का-बड़का जुमला फेंकल जाता। सभे झूठ के लपेट के इनका के आपन जोरदार वोट के चोट से करारा जवाब देवे के बा।

  • Share on:
Loading...