ई लोग कवनो काम नईखे करत, अबकी बेर जनता रसमलाई खाईल छोड़ा दिही: राबड़ी देवी

ई लोग कवनो काम नईखे करत, अबकी बेर जनता रसमलाई खाईल छोड़ा दिही: राबड़ी देवी

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ लालू प्रसाद यादव के पत्नी राबड़ी देवी बिना कवनों नेता के नाम लिहले केंद्र आ राज्य सरकार प जोरदार हमला बोलली। राबड़ी देवी एगो ट्वीट में कहली कि इ लोग कवनो काम नईखन करत, सिर्फ रसमलाई में मलाई मिला के खाए के जोगाड़ में लागल रहतारे। अबकी बेर जनता इनकर रसमलाई खाईल छोड़ा दिही।

राबड़ी देवी अपना ट्वीट में लिखली, एगो कहावत बा-

"आपन कारज ना होत बा लेले फिरे समाज,

चुहा बिल में समात बा पुँछ बान्हियो छाज’’

राबड़ी देवी कहावत के मतलब समझावत कहली कि, कहे के मतलब इ बा की ई लोग कवनो काम नईखे करत, खाली रसमलाई में मलाई मिला के खाए के जोगाड़ में लागल बा। अबकी बेर जनता एकर रसमलाई खाईल छोड़ा दिही।

एकरा अलावे राबड़ी देवी अगिला ट्वीट में कहली कि, "लालू जी के लालन चुवान मैदान में शेर बनी के दहाड़ ताड़न। जवना से डर के मारे चुहा बिल्ली बनि के ई लोग बिल में समा गईल बा। अईसे चुहा-बिलाई में आपसी दुश्मनी रहेला लेकिन डर अईसन चीज बा की दु विचारधारा के लोग एक संगे रहता। सुशासनो फेल बा।"

राबड़ी देवी आगे कहली कि देश, बिहार अवुरी समाज बहुत मुश्किल दौर से गुजरता। भाजपाई सभे संवैधानिक संस्था के ध्वस्त क देले बाड़े। तबीयत खराब होखला के बावजूद कार्यकर्ता के निहोरा प कई जगह घूमे के पड़ता।

  • Share on:
Loading...