जदयू के केंद्रीय मंत्रिमंडल में जगह ना मिलल त नीतीश खाती अंगूर खट हो गईल, एनडीए-2 के 'धोखा-2' दिहे

जदयू के केंद्रीय मंत्रिमंडल में जगह ना मिलल त नीतीश खाती अंगूर खट हो गईल, एनडीए-2 के 'धोखा-2' दिहे

रालोसपा प्रमुख उपेंद्र कुशवाहा कहले कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जनादेश के अपमान करत रहल बाड़े। एनडीए के छोड़ला के बाद उ महागठबंधन के भी साथ छोड़ देले रहले। अब फिर से एनडीए धोखा खाए खाती तैयार रहे।

रालोसपा अध्यक्ष कुशवाहा केंद्रीय मंत्रिमंडल में जदयू के शामिल ना होखे के बाद राजनीतिक हालत अवुरी बिहार में मंत्रिमंडल विस्तार के बारे में बोलत कहले कि नीतीश कुमार एनडीए-2 के 'धोखा-2' दिहे। साल 2013 में उ पहिले अयीसन क चुकल बाड़े।

कुशवाहा पंचायत भवन में पार्टी के प्रदेश पदाधिकारी अवुरी जिलाध्यक्ष के संगे बैठक क लोकसभा चुनाव में रालोसपा के हार के समीक्षा कईला के बाद संवाददाता सम्मेलन के संबोधित करत कहले कि भाजपा साजिश क लोकसभा के चुनाव जीतले बिया। भाजपा चुनाव में जनता के गुमराह क वोट लेले बिया। असली मुद्दा से जनता के ध्यान हटावे में उ सफल रहल। लेकिन अब भाजपा के सावधान रहे के चाही।

उ कहले कि जदयू के केंद्रीय मंत्रिमंडल में जगह ना मिलल त अब मुख्यमंत्री नीतीश कुमार खाती अंगूर खट हो गईल। उ कहले कि पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता विधानसभा चुनाव के तैयारी खाती अब गांव में जईहे।

रालोसपा अध्यक्ष आगे कहले कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा के मांग के जदी जदयू आगे बढ़ावतिया त समूचा विरोध के बावजूद राज्यहित में ए मुद्दा प उनुकर पार्टी साथ दिही। एकरा खाती केंद्र सरकार के भीरी राज्य के प्रतिनिधिमंडल जाई त एकरा खाती भी उनुकर पार्टी तैयार बिया। उ कहले कि जदयू के ताकत संसद में बढ़ल बा। अब ओकर(जदयू) 16 सांसद बाड़े। अब राज्य के हक खाती लड़े के चाही।

उ कहले कि महागठबंधन के हार के जिम्मेवारी केहु एक नेता के नईखे ठहरावल जा सकत। केहु कहे कि तेजस्वी यादव जदी एकरा खाती जिम्मेवार बाड़े त उपेंद्र कुशवाहा भी ओकरा खाती ओतने जिम्मेवार बाड़े। कुशवाहा एगो सवाल के जवाब में दावा कईले कि महागठबंधन एकजुट बा, तेजस्वी यादव नेता हवे अवुरी आगहू रहिहे। हार के जवाबदेही सभके लेवे के चाही। उ कहले कि एगो नया ऊर्जा के संगे विधानसभा चुनाव लड़ल जाई।

  • Share on:
Loading...