भाजपा-जदयू में कवनों मतभेद नईखे, लेकिन विवादित मुद्दा प विरोध जारी रही: नीतीश

भाजपा-जदयू में कवनों मतभेद नईखे, लेकिन विवादित मुद्दा प विरोध जारी रही: नीतीश

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पटना में पत्रकारन से बात करत कहले कि भाजपा के संगे जदयू के कवनो मतभेद नईखे। उ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से हमार पहिलही जईसन आजूओ मजबूत संबंध बा।

नीतीश कुमार चुनाव प्रचार के दौरान गिरिराज सिंह के दिहल बयान प कहले कि चुनाव में जनता आपन फैसला सुना चुकल बिया। मुख्यमंत्री साफ कईले कि केंद्र सरकार में शामिल होखे अवुरी ना होखे प जदयू-भाजपा के बीच कवनो विवाद नईखे। ए बारे में भ्रम फैलावे के जरूरत नईखे।

पटना में पत्रकारन से बात करत मुख्यमंत्री कहले कि चुनाव के दौरान हमरा खिलाफ कतना कुछ बोलल गईल लेकिन हम चुप रही अवुरी हमरा चुप्पी के बाद जनता एकर जोरदार जवाब देलस। हम चुनाव में अधिका ना बोले के इस्तेमाल कईले रही जवन सफल रहल।

नीतीश कुमार कहले कि हम बुनियादी सिद्धांत से कवनो समझौता ना करेनी अवुरी पार्टी (जदयू) विवादित मुद्दा प आपन विरोध जतावत रही। धारा 370, राम मंदिर निर्माण प पार्टी के स्टैंड साफ बा एकरा में कवनो दुविधा नईखे। बिहार के जनता काम के आधार प एनडीए के जबर्दस्त समर्थन देले बिया।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केंद्र के योजाना के चर्चा करत कहले कि केंद्र सरकार जवन योजना चलावे त उ योजना पूरा तरह से केंद्र के योजना रहे अवुरी राज्य खाती अलग-अलग योजना होखे के चाही। कबो-कबो नीतिगत फैसला के चलते सेंट्रल बेस्ड स्कीम से काम करे में परेशानी आवेला।

बिहार में सूखा के समस्या के चर्चा करत मुख्यमंत्री कहले कि हरेक साल बिहार में जलस्तर गिरता जवन गंभीर समस्या बा। बिहार में अब पानी के समस्या के दूर कईल चुनौती बा।

  • Share on:
Loading...