माइक्रोमैक्स के ज़ीरो डॉट पैनल वाला नाया 32 इंच के LED टीवी

TBNN

माइक्रोमैक्स मोबाइल के बाद तेज़ी से इलेक्ट्रॉनिक्स के क्षेत्र में पैर जमावे के कोशिश करता। एही कड़ी में कंपनी एगो 32 इंच के LED टीवी लॉंच कईलस।

कंपनी के मुताबीक माइक्रोमैक्स के इ टीवी इ-कॉमर्स वेबसाइट स्नैपडील के संगे खास पेशकश होई, अवुरी सिर्फ एही वेबसाइट के माध्यम से बेचल जाई। ए खास गठजोड़ से माइक्रोमैक्स के उत्पाद स्नैपडील के 2.5 करोड़ ग्राहक के पहुँच में चल जाई।

जानकारी के मुताबीक, माइक्रोमैक्स के नाया 32 इंच LED टीवी (मॉडल संख्या: 32T42ECHD) देश के 400 शहर में स्नैपडील के माध्यम से उपलब्ध होई। एकरा से पहिले अक्टूबर 2012 में कंपनी इलेक्ट्रॉनिक्स के क्षेत्र में प्रवेश कईले रहे, अब ए टीवी के संगे कंपनी अपना के मुख्यधारा में ले आवल चाहतिया।

माइक्रोमैक्स के इ टीवी ज़ीरो डॉट पैनल, पतला बेज़ेल डिज़ाइन , USB प्लग एंड प्ले के सुविधा से लैस बिया। USB प्लग एंड प्ले के सुविधा होखे से आप पेन ड्राइव के सीधा टीवी से जोड़ संगीत अवुरी विडियो के मज़ा ले सकतानी।

माइक्रोमैक्स अपना ए टीवी में HDMI अवुरी VGA पोर्ट भी देले बा, जेकरा से एकरा के कम्प्युटर-लैपटाप से जोड़े में आसानी होई अवुरी टीवी के कम्प्युटर मॉनिटर के तौर प इस्तेमाल कईल जा सकता।

ध्यान रहे कि, माइक्रोमैक्स के इ टीवी सिर्फ स्नैपडील.कॉम (snapdeal.com) के माध्यम से उपलब्ध बाटे। स्नैपडील के वेबसाइट प ए टीवी के दाम मात्र 15,999 रुपया बतावल जाता, हालांकि कंपनी एकर दाम 16,490 रुपया बतावत बिया।

  • Share on: