मात्र 24,990 में एंड्रॉयड आधारित, 32 इंच के स्मार्ट LED टीवी

TBH BUREAU

नई दिल्ली – अमेरिकी कंपनी Vu टेलिविजन के ओर भारत में कंपनी के पहिला स्मार्ट LED टीवी (मॉडल संख्या Vu32K160M) (एंड्रॉयड) पेश कईल गईल।

कंपनी के ओर से पेश इ LED टीवी देश के पहिला एंड्रॉयड आधारित 'स्मार्ट टीवी' होई, जेकरा कीमत फिलहाल 24,990 रुपया (अधिकतम खुदरा मूल्य 28,000) बाटे। एकरा संगे कंपनी 18,900 रुपया कीमत वाला समान्य HD रेडी LED टीवी (मॉडल संख्या Vu32K160) भी पेश कईले बा।

याद रहे कि Vu32K160M मॉडल जाहाँ स्मार्ट टीवी हटे उहें Vu32K160 सिर्फ समान्य LED टीवी हटे, अवुरी एकरा में स्मार्ट फीचर नईखे।

फ्लिपकार्ट प दिहल जानकारी के मुताबीक, Vu32K160M स्मार्ट LED टीवी एंड्रॉयड 4.4.2 किटकैट ऑपरेटिंग सिस्टम आधारित टीवी हटे जेकरा स्क्रीन के रिज़ॉल्यूशन 1366x768 बाटे।

टीवी के स्मार्ट फीचर के चलावे खातिर एकरा में 2GHz के कॉर्टैक्स-ए9 क्वाड कोर प्रॉसेसर अवुरी 2GB रैम बाटे। टीवी के इंटरनल मेमोरी 8GB के बा, जबकि कनेक्टिविटी खातिर पाँच गो USB 2.0 पोर्ट, दु गो HDMI पोर्ट, VGA पोर्ट, AV पोर्ट, वाई-फाई, इथरनेट (नेटवर्क केबल), ब्लुटूथ, अवुरी USB OTG दिहल बा।

गूगल प्ले अवुरी कई गो प्री-लोडेड एप्प के संगे आवे वाली ए स्मार्ट टीवी में 'मिराकास्ट' अवुरी DLNA फीचर भी बाटे।

कंपनी ए स्मार्ट LED टीवी के संगे फूल फंकशन एंड्रॉयड रिमोट अवुरी टीवी के रिमोट भी देता। एकरा अलावे सीमित समय तक एकरा संगे लॉजीटेक के K400r वायरलेस कीबोर्ड भी दिहल जाता।

Vu टेलिविजन के स्मार्ट LED टीवी अभी सिर्फ फ्लिपकार्ट प उपलब्ध बा, जबकि समान्य LED टीवी देश सभे प्रमुख रीटेल स्टोर अवुरी वेबसाइट के माध्यम के खरिदल जा सकता।

  • Share on: